रंग डलबा त देहब हज़ार गारी… Rang Dalba T Dehab Hajar Gaari Song Lyrics Rang Dalba T Dehab Hajar Gaari song is sung by Dinesh Lal Yadav and Antra Singh. It has music composed by Ashish Verma and while lyrics are penned by Pyare Lal Yadav.
Enjoy The Superhit Song ‘Rang Dalba T Dehab Hajar Gaari‘ Video Song and Lyrics
Album : Holi Special
Song : Rang Dalba T Dehab Hajar Gaari
Singers : Dinesh Lal Yadav and Antra Singh
Musics : Ashish Verma
Lyrics : Pyare Lal Yadav
Music Label : Nirahua Music World
Rang Dalba T Dehab Hajar Gaari Song Lyrics
अरे-अरे ई का करा तारा हो
का करा तारा मतलब
अरे होली के दिन ह रंग डाला तानी
अउर का करा तानी
दिमाग ख़राब बा तोहार रंग डाला तारा
देखा तारा का पहिरले बानी हम
का पहिरले बाडू
अरे लखनुआ लहंगा ह
लखनुआ लहंगा ह त…
हजार गारी हो हजार गारी
हजार गारी हो हजार गारी
रंग डलबा त देहब, सुन ल
रंग डलबा त देहब हजार गारी
रंग डलबा त देहब हजार गारी
रंग डलबा त देहब…
हजार गारी रे हजार गारी
हजार गारी रे हजार गारी
हमार खुछ न बिगाड़ी, सुन ल
हमार खुछ न बिगाड़ी तोहार गारी, अच्छा
हमार खुछ न बिगाड़ी हजार गारी,
हमार खुछ न बिगाड़ी…
तोहके जेतना गरियावे के बा
गरिया ल, अच्छा
लेकिन आज हम छोड़े वाला नईखी
ह त थुरईबा तू..
भागा ना त धरा जईबा बाबु
आज ले न धरईनी त अब का धराईब
थेथर मत बना
होली के दिनवा पिटा जईबा बाबू
अरे तू हमार चिंता छोड़ा अपने बारे में सोचा [ह न]…
रंग दलावईबू न फागुन के के अन्दर
अगला जनमावा होखाबू छुछुंदर
घुमे के परी नवदान नारी
देखि आशिशवा बहुते मारी
अरे उ का मारी ऊ प्यारे लाल कवी जी साथे बईठ
के दारु पियता…
रंग डलबा त देहब हजार गारी
गज़ब लिरिक्स डॉट कॉम
हमार खुछ न बिगाड़ी तोहार गारी,
हमार खुछ न बिगाड़ी…
अरे गारी त कुछ ना बिगाड़ी
बाकी हो जाई बेटा मारा-मारी
पेन्हले बानी डरेस तनी महंगा
अरे एही डरेस के पीछे बड़ी बवाल भईल बा ए बाबू
कईसन बवाल..
रंगे ना देहब ई लखनउआ लहंगा
एकर मतलब तू हमरा बारे में ठीक से नईखु जानत…
करके आइल बानी फुल तईयारी
हमके ना समझा रितेश-खेसारी
नाही मनबा त लहब डबल साड़ी
हम किन देब तोहके दूकान साड़ी…
नाही किनबा त देहब हजार गारी
चला लहंगा दिया दीं बहुत भारी
नाही किनबा त देहब हजार गारी
चला लहंगा दिया दीं…
ह त ठीक बा ल लगा ल
एक दम आराम से खड़ा रहा
हो हो, अरे आराम से..
हो हो, अरे तनी अउर आराम से
हो गईल न, त चला दिया द….
आही बाप, का भईल
एक बात बतावल त भुलाइये गईनी
कवन बात…
आज बंद बा ए रनिया दूकान सारी
आज बंद बा ए रानी दूकान सारी
आज बंद बा हो रनिया दूकान सारी…
काल दिवा देब
भाक झूठा कहींका, भगबा की न इहाँ से
अरे अरे मतलब, होली के दिन दूकान बंद रहेला
ई तोहके ना मालुम ह
भागा इन्हा से, थागेरा कहींका
होली में चुना लगा के चल गईल…